आरएसबीवाई में भइल धाँधली के जाँच से हड़कंप
April 10, 2013
छपरा के तीन गो नर्सिंग होम के जाँच का बाद ओह अस्पतालन के आरएसबीवाई केन्द्र खातिर मिलल मान्यता रद्द कर दिहल गइल बा आ कुछ अउरिओ नर्सिंग होम के मान्यता रद्द होखे के अनेसा बा. बीपीएल मरीजन के इलाज खातिर चलावल जात एह योजना में हर जगहा से धाँधली के शिकायत बा. आ कई बेर बस रुपिया कमाए का फेर में गैर जरूरी आपरेशन करे के शिकायत बा. कुछेक अस्पताल एक बेर भरती भइल मरीज के दू दू तीन तीन गो आपरेशन का नाम पर ओहनी के खाता झार देत बा लोग. सबले खास बात ई बा कि एह नर्सिंग होमन में बीपीएल परिवार के महिला मरीजन के सिजेरियन आपरेशन ना होखे काहे कि ओह खातिर भुगतान कम मिलेला.