जेइइ मेन परीक्षा के रिजल्ट सात मई ले
April 10, 2013
पिछला अतवार का दिने भइल जेइइ मेन परीक्षा के परिणाम सात मई ले निकल जाए के उमेद बा. एह बीच ८ अप्रेल से २५ अप्रेल का बीच एकर आनलाइन परीक्षा होखत बा. एह आनलाइन परीक्षा में बिहार आ झारखंड के उम्मीदवार शामिल नइखन.