मंदिर के महंथ से धोखाधड़ी कइला के आरोप

बलिया जिला के खैराखास के ठाकुर जी के मंदिर के महंथ जिलाधिकारी के पत्रक दे के आपन जान माल बचावे के गोहार लगवले बाड़न. उनकर कहना बा कि कुछ दिन पहिले कुछ लोग उनुका के धोखा दे के मंदिर के अनाह आ डेढ़ लाख रुपिया नगदी ले के चल गइल कि मंदिर के मरम्मत आ बनवावे खातिर एकर इस्तेमाल करी लोग. बाकिर अब ले कुछ भइल ना आ रुपिया वापिस मंगला पर उलुटे धमकावत बा लोग.