छपरा जिला पर्षद आपन बकाया वसूले खातिर फेंटा कसलसि
April 11, 2013
छपरा जिला पर्षद के साप्ताहिक बइठक बुध का दिने डीडीसी रमण कुमार के अध्यक्षता में भइल आ फैसला लिहल गइल कि जिला पर्षद के बकाया धन कड़ाई से वसूल कइल जाई आ केहू के कवनो रियायत ना दिहल जाई. सोनपुर डाकबंगला में अनेके अधिकारी बरिसन रहला का बावजूद किराया का नाम पर धेला ले जमा ना कइलन. अब ओहू लोग से बकाया वसूलल जाई.