संघ के पथ संचलन
April 11, 2013
वर्ष प्रतिपदा का मौका पर काल्हु बलिया में राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ एगो बड़हन पथ प्रदर्शन कइलसि. हिन्दू पद्धति में नया साल के शुरूआत एही दिन से मानल जाला आ एही दिने डा॰ केशव बलिराम हेडगेवार आरएसएस के स्थापना कइले रहुवन. शहर के कई मार्ग से गुजरत ई पथ संचलन रामलीला मैदान में बौद्धिक का साथे पूरा भइल.
एह मौका पर बलिया के अनेके भाजपा नेता संघ गणवेश में शामिल भइले.