web analytics

सिक्ख नरसंहार के आरोपी टाइटलर का खिलाफ मामिला फेर से खोलल जाई

सीबीआई के बार बार कोशिश का बावजूद कि कांग्रेसी नेता जगदीश टाइटलर का खिलाफ सिक्ख नरसंहार का दौरान हत्या के मामिला बंद कर दिहल जाव अदालत सीबीआई के बात ना मनलसि आ कहलसि कि मामिला के जाँच फेर से कइल जाव. एकरा पहिलहू एक बेर सीबीआई एह मामिला के बंद करे के गोहार लगवले रहुवे बाकिर अदालत ओहू बेर नकार दिहले रहुवे.

साल १९८४ में इंदिरा गाँधी के हत्या का बाद दिल्ली आ देश के अनेके शहरन में सिक्ख समुदाय के लोग के संपति लूट लिहल गइल रहुवे आ नाहियो त तीन हजार सिक्खन के हत्या कर दिहल गइल रहे. एतना बड़ नरसंहार का बावजूद एह मामिला में शायदे केहू के सजा मिलल होखे.

आ इहो जाने जोग बा कि देश में मुसलमान समुदाय का खिलाफ सबले बड़ दंगा आसाम के नेल्ली में भइल रहुवे जब ओहिजा राष्ट्रपति शासन रहुवे आ केन्द्र में कांग्रेस के सरकार. एकरा बावजूद कांग्रेस अपना के अल्पसंख्यकन के सबले बड़ हितैषी बतावल रहेले.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: