web analytics

टोपी पहिरे खातिर मोदी के पगड़ी उछाल दिहलन नीकु

जदयू के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के दिल्ली में भइल बइठका का दोसरका आ आखिरी दिने नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी के नाम लिहले बिना उनकर पगड़ी उछाल दिहलन. कहलन कि राजनीति में रहे खातिर कबो टोपियो पहिरे के पड़ी त कबो टीको लगवावे के पड़ी. नीकु का भाषण का बाद साफ हो गइल कि एनडीए में भाजपा आ जदयू के गठबंन्हन अब ढेर दिन नइखे चले वाला काहे कि नीकु के अपना टोपी के लालच बहुते बा. मुस्लिम वोट बैंक बनावे बढ़ावे का फेर में ऊ कवनो हद तक जा सकेलें. काल्हु नीकु भाजपा के खुलेआम धमकी दे दिहलन कि संगे रहे के बा त सम्हर के चले भाजपा ना त जदयू अपना राहे चल जाई.

अब देखे के बा कि भाजपा एह धमकी पर का करत बिया. जबकि अइसनका दोस्त से अलगे हो गइला में भलाई बा ओकर. इहो हो सकेला कि भाजपे के कुछ लोग नीकु के हवा भरले होखे काहे कि अबहीं ले लालकृष्ण आडवाणी के पदलिप्सा शान्त होखल नइखे लउकत. बबुनी ससुरा ना जाली मने मने गाजेली वाला अंदाज में बुढ़ऊ सामनहु नइखन आवत आ हटतो नइखन. नीकु का भाषण में खुलेआम इशारा रहुवे कि आडवाणी के आपन उम्मीदवार बनावे भाजपा.

हालांकि काल्हुए भाजपा का तरफ से नीकु का बयानबाजी पर गंभीर टिप्पणी आ गइल बा कि सहयोगियन के एह तरह से ना बतियावे के चाहीं. भाजपा के अधिका चिंता एह बात के बा कि नीकु का भाषण में केन्द्र सरकार का खिलाफ कुछ ना कहल गइल आ सगरी विरोध नरेन्द्र मोदी से रहुवे. अलग बात बा कि अपना भाषण में नीकु एको बेर मोदी के नाम ना लिहलन बाकिर इशारा एकदम साफ रहल कि नमो मंजूर नइखन नीकु के.

 472 total views,  4 views today

%d bloggers like this: