web analytics

मरद मेहरारू से फरका रहे वाला ससुरालियन पर मुकदमा ना हो सकी

एगो मामिला में दिल्ली उच्च न्यायालय के कहना बा कि मरद मेहरारू से फरका रहेवाला ससुरालियन का खिलाफ औरत मुकदमा ना कर सके. एगो औरत अदालत में मुकदमा करके अपना ससुराल पक्ष से आपन जान के खतरा बतवले रहुवे. शादी का तुरते बाद मरद मेहरारू इगलैंड चल गइल रहलें. आ लड़िका के परिवार वालन के ओह लोग किहाँ आना जाना ना रहला का बावजूद ऊ औरत मुकदमा कर के घरेलू अपराध संरक्षण नियम में अपना ला सुरक्षा मंगले रहुवे. अदालत कहलसि कि औरत अगर चाहे त दंड विधान के अउरी धारा का तहत मुकदमा भले कर ले एह तरह के मामला घरेलू हिंसा संरक्षण का दायरा में ना आई.

 296 total views,  2 views today

%d bloggers like this: