Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

नाबालिग लइकी से शादी करत डीएसपी गिरफ्तार


चंदौली के बलुआ इलाका के उत्तरी गाँव के प्रद्युम्न कुमार यादव के पुलिस एह खातिर गिरफ्तार कर लिहलसि कि ऊ मंदिर में एगो नाबालिग लइकी से बिआह करत रहलन. बतावल जात बा कि पैंतालिस साल के प्रद्युम्न कुमार यादव छत्तीसगढ़ में डीएसपी का पद पर तैनात बाड़न. कुछ समय पहिले उनकर पहिलका पत्नी के देहांत हो गइल रहे आ अब ऊ तेरह साल के लइकी से शादी रचावत रहलन. प्रद्युम्न कुमार के पचीस साल के एगो जवान बेटा बा.

शादी के शिकायत मिलला का बाद पुलिस रामगढ़ मंदिर में शादी करत प्रद्युम्न कुमार के गिरफ्तार कर लिहलसि. गिरफ्तारी का बाद प्रद्युम्न के कहना बा कि उनुका लइकी के उमिर का बारे में पहिले से मालूमे ना रहल आ शादीओ का बेरा ऊ घूंघ तनले रहुवे से देख ना पवलन.

अब अइसनका आदमी अगर पुलिस में डीएसपी पद पर तैनात होखे त ओहिजा के कानून व्यवस्था के हालत के अंदाजा लगावल जा सकेला.

Tags:

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: