गहना दुकान में लूट के कोशिश
April 20, 2013
बक्सर के मुसाफिरगंज में गहना के एगो दुकान में लूट के कोशिश हल्ला भइला का बाद फेल हो गइल. बतावत जात बा कि दिन दुपहरिया में दू गो युवक अइलें आ अंगुठी बेचे खातिर मोलभाव करे लगले. दुकानदार अंगूठी के दाम बाद में देबे के कहलसि त ऊ दुनु मोबाइल से अपना अउरी साथियन के बोला लिहलन स. फेर दुकान बंद कर के तिजोरी खोले के कोशिश करे लगले सँ. दुकानदार एह पर विरोध कइलें त उनका पर गोली चला दिहलें सँ. संजोग से गोली लागल ना त रिवाल्वर का बट से मार के उनकर माथ फोड़ दिहलें सँ. एह बीच गोली के आवाज सुन के लोग जुटे लागल त छहो जने भाग निकलले बाकिर आपाधापी में ओकनी के एगो मोटरसाइकिल ओहिजे छूट गइल.
पुलिस एह मामिला के जाँच करत बिया.