web analytics

दिल्ली रेप के आरोपी बिहार से गिरफ्तार

पिछला दिने दिल्ली में छह साल के गो लइकी के अपहरण कर के ओकरा से कुकर्म आ ओकरा पर अत्याचार करे वाला आदमी भाग के अपना ससुरारी चल गइल रहुवे जहाँ से आज भिनुसहरा से पहिले ओकरा के दिल्ली पुलिस मुजफ्फर पुलिस के सहयोग से गिरफ्तार कर लिहलसि. आरोपी मनोज कुमार के ससुरार मुजफ्फरपुर के करजा थाना के चिकनौटा गाँव मे हवे जहाँ से ओकरा के गिरफ्तार कर के पटना आ फेर पटना से दिल्ली ले गइल दिल्ली पुलिस. एह बीच ओकरा के मुजफ्फरपुर के एगो अदालत में पेश कर के ओहिजा से ट्रांजिट रिमाँड ले लिहलसि दिल्ली पुलिस.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: