बसपा में सतीश मिश्रा के भाव बढ़े के संकेत
April 20, 2013
मायावती तीन साल पहिले जब एगो सभा में कहले रहली कि सतीश मिश्रा का जिम्मे बस पार्टी के अदालती काम देखे के रही आ राजनीतिक मसला में उनकर कवनो भूमिका ना रही त लोग एकरा के एह बात के सकेत समुझल कि पार्टी में सतीश मिश्रा के हैसियत कम हो गइल बा. बाकिर समय बीतला का बाद लागत बा कि सतीश मिश्रा के हैसियत कुछ बढ़िए गइल बा एह बीच आ अब पार्टी के हर फैसला में उनकर राय लिहल जात बा. आ अब सतीश मिश्रा के एह बात के जिम्मेदारी दिहल गइल बा कि ऊ बसपा से छिटकल ब्राह्मणन के फेरू से बिटोरस.