लाकठ छपरा में चइता के आयोजन
April 20, 2013
रामनवमी का मौका पर सारण जिला के रसूलपुर में लाकठ छपरा के जरती माई मंदिर पर चइता के आयोजन भइल. एह दू गोल चइता में एक गोल ब्यास दशरथ गिरी के रहुवे त दोसर गोल मनोज सहनी के. एह मौका पर आड़ल मनोकामना सिद्धि ट्रस्ट के अध्यक्ष रंजीत सिंह शेड बनवावे खातिर एक लाख आठ हजार रुपिया दान देबे के एलान कइलन. मुखिया मोहमम्द रसूल मंदिर पर किसान भवन बनवावे के एलान कइलें.