चेतक प्रतियोगिता में डोमन राय के घोड़ा जीतल
April 23, 2013
बलिया के कपुरी गाँव में माँ कपिलेश्वरी भवानी के मंदिर रामनवमी का मौका पर चेतक प्रतियोगिता के आयोजन भइल रहे जवना में बिहार के समस्तीपुर के डोमन राय मुखिया के घोड़ा पहिलका जगहा पर रहल. दुसरका जगहा पर देवरिया के रामायण यादव के घोड़ा आ तिसरका जगहा महथापार के कैलाश सिंह के घोड़ा रहल.
जीते वाला लोगन के विधान पार्षद रविशंकर सिंह पप्पू आ विधायक उपेन्द्र तिवारी पुरस्कार बँटले.