डुमरांव कृषि विश्वविद्यालय के नाम बाबू कुँअर सिंह पर
April 23, 2013
जदयू का ओर से आयोजित बाबू कुँअर सिंह विजयोत्सव समारोह में बोलत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एलान कइलन कि डुमराँव कृषि विश्वविद्यालय के नाम बाबू कुँअर सिंह का नाम पर राखल जाई. एही भाषण का दौरान नीतीश कुमार कहलन कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिआवे ला तमाम बिहारियन के एकजुट होखे के पड़ी एह मुद्दा पर. साथही कहलन कि उनुका मन में प्रधानमंत्री बने के कवनो ख्वाहिश नइखे बाकिर जदयू अपना बुनियादी सिद्धांत से कवनो हाल में समझौता ना करी.
हमरा एह बात के बहुत खुशी बाटे की अइसन बड़ देस भक्त के नाम पर विवि के नामकरण के सीएम घोषणा कइलन…मुरली मनोहर श्रीवास्तव, लेखक सह पत्रकार, नोएडा, डुमरांव