सहारा श्री सुब्रत राय के सुप्रीम कोर्ट फटकरलसि
April 23, 2013
निवेशकन के पइसा ना लवटावे का मामिला में सहारा ग्रुप के शुरू करे वाला सहारा प्रमुख सुब्रत राय के काल्हु सुप्रीम कोर्ट निकहा फटकार लगवलसि. कहलसि के जवाब एक हफ्ता का भीतर जमा करवा देस. सहारा ग्रुप से निवेशकन के बारे में जानकारी देबे के बा. सहारा ग्रुप के दू गो कंपनियन के संपती आ बैंक अकाउंट पहिलही सील हो गइल बा आ सुब्रत राय के देश छोड़ के विदेश जाए पर रोक लगावे के माँग कइले बा सेबी.