web analytics

पुलिस का लापरवाही से लइका के जान गइल

सारण जिला के मढ़ौरा से शनिचर का दिने बिसमिल्ला अंसारी के सात साल के बेटा याजदान गायब हो गइल त ऊ थाना में अपहरण के केस दर्ज करावे गइलन. बाकिर थाना के लोग अपहरण के मामिला दर्ज ना कइल आ कहल कि जा कहीं एने ओने चल गइल होई, जा के खोजऽ. जबकि ऊ बतवले कि उनुका मोबाइल पर फिरौती के माँग भइल बा.

अब काल्हु बुध का दिने विकास कुमार आ बबलू कुमार नाम के दू गो लइकन के याजदान के अपहरण आ हत्या के आरोप में गिरफ्तार कर लिहले बिया. पुलिस अगर शनिचरे से सक्रिय भइल रहीत त शायद याजदान के जान ना गइल रहीत.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: