फेर एगो बलात्कारी बिहार से पकड़ाइल
April 25, 2013
पिछला दिने देश भर में बिहार के छवि खराब करे वाला खबर ई रहली सँ कि कई गो बलात्कारी बिहार के निकलले आ ओकनी के बिहार से गिरफ्तार क के दिल्ली आ दोसरा जगहा ले जाइल गइल. दिल्ली के मासूम से रेप करे वाला दुनु अपराधियन के बाद अब मध्यप्रदेश के सिवनी में एगो अबोध बच्ची से कुकर्म करे वाला फिरोज के पुलिस भागलपुर से पकड़लसि. ओह लइकी के हालत अब मरल तब मरल वाला भइल बा आ इलाज करे वाला डाक्टर अब हार माने लागल बाड़ें.