गोरखपुर सीरियल ब्लास्ट के आरोपी तारिक काजिमी पर से यूपी के सपा सरकार मुकदमा वापिस ले लिहले बिया. एकरा खिलाफ भाजपा जिलाध्यक्ष रामकृष्ण तिवारी के अगुआई में गोरखपपुर जं॰ का लगे मुख्यमंत्री के पुतला फूंक के विरोध दर्ज करावल गइल. एकरा पहिले सिविल लाइंस में पार्टी आफिस से रेलवे स्टेशन तक जुलूसो निकालल गइल आ नारेबाजी भइल. जान जाईं कि सपा सरकार बहुते मुसलमान आरोपियन पर से मुकदमा वापिस ले बे के फैसला कइले बिया.
379 total views, 2 views today