रिटायर्ड शिक्षक के हत्या आ व्यवसायी से लूट
April 26, 2013
शुक का दिने नावानगर इलाका के अतिमी गाँव का लगे एगो रिटायर्ड शिक्षक गुप्तेश्वर मिश्रा के हत्या कर दिहल गइल आ एगो दोसरा शिक्षक रमेश मिश्रा के घवाहिल क दिहल गइल. ई लोग अपना दुनाली बंदूक के सत्यापन करा के लवटत घरी पीएनबी के नावानगर शाखा से पचास हजार रुपिया निकाल के आगा बढ़ल त रास्ता में बाइक पर आइल अपराधी घेर लिहले आ गोली चला के एह लोग से दुनाली बंदूक आ रुपिया छीन के भाग निकलले. गुप्तेश्वर मिश्रा त ओहिजे मर गइले. घवाहिल रमेश मिश्रा के पीएमसीएच भेज दिहल गइल. एह लोग के संगे एक आदमी अउर रहे हरेराम साव जेकरा गोली नइखे लागल आ गोली चलत देख ऊ जान बचा के भाग निकलल.
एगो दोसरा घटना में पुराना भोजपुर में बाइक सवार अपराधी सर्राफा व्यवसायी गुड्डू वर्मा के गोली मार के चार लाख रुपिया के गहना ले भगलें. घवाहिल गुड्डू के पटना रेफर कर दिहल गइल बा.