Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

चकिया में सड़क दुर्घटना में पाँच लोग के मौत


पूर्वी चम्पारण के चकिया थाना इलाका में मंगल का दिने एगो जीप पैदल जात एगो औरत आ ओकरा चार गो बेटा बेटियन के कचार दिहलसि. घटना राष्ट्रीय राजमार्ग 28 पर टोल प्लाजा के लगे भइल. दुर्घटना का बाद राजकली देवी, ओकर बेटी राधिका आ रूबी, अउर बेटा राहुल आ विकास के ओहिजे मौत हो गइल. मरे वाला परसौनी गाँव के रहलें आ एगो बियाह में शामिल हो के घरे लवटत रहलें. जीप जब्त क के ओकरा चालक के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

Tags:

%d bloggers like this: