Go to ...
RSS Feed

Archives for April 2013

बलिया के अपहरण कांड घर से भगला के निकलल

बिल्थरा रोड से एगो लइकी के अपहरण के खबर बाद में झूठ निकलल. सोमार के साँझ लइकी के माई थाना में केस दर्ज करवली कि उनुका लइकी के कुछ लोग बोलेरो से ले भागल बा. लइकी पार्लर में काम सीखेले आ ओहिजे से लवटत रहल जब ओकर अपहरण कर लिहल गइल. रात में लइकी फोन

अमथुआं के एगो नवही के हत्या

डुमरांव जिला के कृष्णाब्रह्म थाना इलाका के अरियांव गाँव में मंगल का दिने एगो नवही के लाश मरही बधार पोखरा का लगे मिलल. मरल नवही पहचान अमथुआँ के पप्पू सिंह का रूप में भइल बा. बतावल जात बा कि मरे वाला नवही खुदहु अपराधी सुभाव के रहुवे आ कई मामिला में ओकर नाम शामिल बा

बक्सर में नच ले मेरे यार

बक्सर के संस्कृति मंच अगिला २ जून के बक्सर में मिस्टर एंड मिस बक्सर प्रतियोगिता आ नच ले मेरे यार प्रतियोगिता आयोजित करी. एह प्रतियोगिता से इलाकाई प्रतिभा के खोज निकाल के ओकरा के बड़हन मंच पर आवे के मौका दिहल जाई.

बलिया गैंग रेप के चारो आरोपी पकड़इले

बलिया जिला के मैरीटार में अतवार के रात चार गो लड़िका गाँवे के लइकी का साथे गैंगरेप कइले. लइकी अपना माई के बोलावे जात रहुवे जब चारो ओकरा के जबरिया अपना गाड़ी में चढ़ा लिहले आ बारी बारी से ओकरा से रेप कइले. मंगल का फजीरे पुलिस चारो आरोपियन के गाँवे से पकड़ लिहलसि. एह

बिहार आ यूपी में मनरेगा में गड़बड़झाला

केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश कहले बाड़न कि मनरेगा में खामी निकाले वाला कैग से उनुका कवनो शिकायत नइखे काहे कि कैग के कामे होला गड़बड़ी खोजल आ ओकरा के सामने ले आवल. आ इहो साँच बा कि अनेके राज्यन में, खास कर के बिहार, यूपी आ ओडिशा में, एह योजना के फंड के

डुमरांव कृषि विश्वविद्यालय के नाम बाबू कुँअर सिंह पर

जदयू का ओर से आयोजित बाबू कुँअर सिंह विजयोत्सव समारोह में बोलत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एलान कइलन कि डुमराँव कृषि विश्वविद्यालय के नाम बाबू कुँअर सिंह का नाम पर राखल जाई. एही भाषण का दौरान नीतीश कुमार कहलन कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिआवे ला तमाम बिहारियन के एकजुट होखे के पड़ी एह

बिहार विधान परिषद के तीन सीट खातिर उपचुनाव

विधान परिषद के तीन गो सदस्यन, रामाश्रय प्रसाद सिंह, रामचंद्र प्रसाद, आ बादशाह प्रसाद आजाद, के निधन से खाली भइल सीटन खातिर उपचुनाव करावे के अधिसूचना आजु मंगल का दिने जारी कर दिहल गइल. एह उपचुनाव खातिर २९ अप्रेल ले परचा दाखिल करे के बा. दाखिल परचन के जाँच ३० अप्रेल के कइल जाई आ

संकटमोचन मंदिर में संगीत समारोह

वाराणसी के संकटमोचन मंदिर में २९ अप्रेल से ३ मई ले पाँच दिन तक एगो संगीत समारोह होखी जवना में अनेके मशहूर संगीतकारन समेत चालीस गो कलाकार शामिल होखीहें. हर साल होखे वाला एह समारोह के मंदिर परिसर में मनावल जाला.

आजु बाबू कुंअर सिंह के विजयोत्सव

आजादी के लड़ाई के महान सेनानी बाबू कुंअर सिंह के विजयोत्सव आजु बिहार आ यूपी में धूमधाम से मनावल जात बा. साल सत्तावन के गदर के दौरान दानापुर के तीन गो देसी पलटन बगावत कर दिहले रहीं सँ बाकिर नेतृत्व के लटकल मामिला सलटावे खातिर जगदीशपुर के बाबू कुँअर सिंह से निहोरा कइल गइल. अस्सी

सहारा श्री सुब्रत राय के सुप्रीम कोर्ट फटकरलसि

निवेशकन के पइसा ना लवटावे का मामिला में सहारा ग्रुप के शुरू करे वाला सहारा प्रमुख सुब्रत राय के काल्हु सुप्रीम कोर्ट निकहा फटकार लगवलसि. कहलसि के जवाब एक हफ्ता का भीतर जमा करवा देस. सहारा ग्रुप से निवेशकन के बारे में जानकारी देबे के बा. सहारा ग्रुप के दू गो कंपनियन के संपती आ

अपराधी संजय दत्त के एगो दोसरा मामिला में जमानत मिलल

फिलिम अभिनेता आ नाजायज असलहा राखे खातिर सु्प्रीमो कोर्ट से पाँच साल के सजा सुन चुकल संजय दत्त के एगो दोसर मामिला में मुंबई के एगो अदालत से जमानत मिल गइल. फिलिम निर्माता शकील नूरानी के धमकावे का मामिला में सुनवाई का दिने हाजिर ना होखला का चलते संजय दत्त का खिलाफ वारंट जारी हो

तिसरका मोर्चा बनावे का फिराक में जयललिता से भेंट कइले अखिलेश

यूपी के मुख्यमंत्ती देश में राजनीतिक गोलन के तिसरका मोर्चा बनावे का फिराक में सोमार का दिने चेन्नई जा के तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जयललिता से आध घंटा ले बतियवलें. बातचीत से का निकलल से त अबही सामने नइखे आइल बाकिर अखिलेश कहलन कि कांग्रेस आ भाजपा दुनु फेल हो गइल बाड़ी सँ आ अब एह

चारा घोटाला के एगो मामिला में लालू प्रसाद के खिलाफ गवाही

लालू राज में भइल बिहार के चारा घोटाला के एगो मामिला में राँची के एगो अदालत में बिहार के तब मुख्यमत्री रहल लालू प्रसाद के खिलाफ गवाही शुरू हो गइल बा. एकरा से पहिले २८ जनवरी से ३० जनवरी ले लालू प्रसाद के गवाही भइल रहुवे. तब से एह मामिला के कार्यवाही लगातार चालू बा.

चेतक प्रतियोगिता में डोमन राय के घोड़ा जीतल

बलिया के कपुरी गाँव में माँ कपिलेश्वरी भवानी के मंदिर रामनवमी का मौका पर चेतक प्रतियोगिता के आयोजन भइल रहे जवना में बिहार के समस्तीपुर के डोमन राय मुखिया के घोड़ा पहिलका जगहा पर रहल. दुसरका जगहा पर देवरिया के रामायण यादव के घोड़ा आ तिसरका जगहा महथापार के कैलाश सिंह के घोड़ा रहल. जीते

बरखा का चलते थावे महोत्सव फीका पड़ गइल

थावे महोत्सव के दुसरका दिने अतवार के रुक रुक के होखत बरखा का चलते सगरी इन्तजाम धइल रह गइल आ ओतना लोग ना चहुँप पावल जतना खातिर इन्तजाम रहुवे. अगल बगल के लोग आ कुछ चारपहिया सवार जरूर चहुपले. कवनो महोत्सव में शामिल होखे पहिला बेर बिहार आइल अनुराधा पौडवाल अपना भजन से दुसरका दिन

३४ गो अउरी शहरन में नगरपालिका गठित होखी

बिहार के ३४ गो अउरी शहरन में नगरपालिका गठन के मंजुरी मिल गइल बा. अबहीं राज्य में १४३ गो नगरपालिका बाड़ी सँ आ एह नयका शहरन के जुड़ गइला से १७६ गो नगरपालिका हो जाई बिहार में. जवना शहरन में नगरपालिका गठन के प्रस्ताव बा ओहमें पश्चिमी चंपारण के वाल्मीकिनगर आ सिकटा, पूर्वी चंपारण के

छहजने के उमिर कैद के सजा मिलल

राजू सिंह उर्फ चुन्नू सिहं के हत्या का मामिला में बक्सर के एडीजे अदालत छह गो अपराधियन के उमिर कैद के सजा सुना दिहलसि. एह लोग पर पाँच पाँच हजार रुपिया के जुरमानो लगावल गइल बा. जुर्माना ना दिहला पर एक साल अउरी सजा भुगते पड़ी. साल २००४ में दीवान के बड़का गाँव के राजू

ग्राम प्रधान के गोली मार के हत्या

भदोही के नई बाजार इलाका के रैमलपुर गाँव के प्रधान अच्छेलाल मौर्य के शुक का दिने कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहलें. बतावल जात बा कि उनका संगही मोटरसाइकिल पर ग्राम रोजगार सेवक प्रमोद कुमार मौर्यो सवार रहले. प्रधान के लाश शनिचर का दिने सुरइन इलाका सड़क किनारे मिलल. पुलिस अब प्रमोद कुमार

कुंअर सिंह जयंती के तइयारी

वीर कुंअर सिंह के जयंती का मौका पर परसो तेइस अप्रेल के पटना के एसकेमेमोरियाल हॉल में विजयोत्सव मनावल जाई.समारोह के आयोजन वीर बांकुरा बाबू वीर कुंअर सेवा समिति करत बिया आ उद्घाटन करीहें मुख्यमंत्री नीतीश कुमार. एह समारोह में राज्य भर के लोग शामिल होखी जवना खातिर समिति जोर शोर से तइयारी करे में

बाप के हत्या करे का आरोप में बेटा गिरफ्तार

दस दिन पहिले पश्चिम चंपारण जिला के नौतन इलाका में पैक्स अध्यक्ष मधुरेन्द्र पाण्डेय के हत्या के आरोप में पुलिस उनुके बेटा के गिरफ्तार कर लिहलसि.

Older Posts›› ‹‹Newer Posts