web analytics

बक्सर जेल से फाँसी चढ़ावे वाला रसरी कई जगहा भेजाइल

बक्सर जेल मनीला रस्सी बनावे खातिर देश भर में जानल जाला. कसाब आ अफजाल के फाँसी लटकावे वाला रस्सी एहिजे से बना के भेजल गइल रहुवे. अब फेर जवन रस्सी एहिजा से बना के देश के अलग अलग जेल में भेजल गइल बा ओकरा से केकरा केकरा के फाँसी पर चढ़ावल जाई एकर खुलासा अबहीं नइखे भइल. बाकिर हाल फिलहाल कई एक अपराधियन के दया याचिका राष्ट्रपति खारिज कर दिहले बाड़न.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: