web analytics

महाराजंगज सीट के उपचुनाव में अबकी दबंगई ना चली

राजद सांसद रहल उमाशंकर सिंह के निधन का चलते होखेवाला महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में अबकी दबंगई ना चल पाई. एह बाबत प्रशासन एक सौ पन्द्रह जने के नोटिस जारी कइले बा. एह लोग के सदर अनुमंडलाधिकारी का कार्यालय में हाजिर हो के बांड भरे के पड़ी. एह सूची में दाउदपुर के 80 आदमी, मांझी क्षेत्र के 15 आदमी आ एकमा इलाका के 20 आदमी शामिल बाड़ें, साथही अउरियो थाना से दागी लोगन के सूची माँगल गइल बा.

एह उपचुनाव में परचा दाखिला शुरू बा बाकिर अबहीं ले केहू आपन परचा दाखिल नइखे कइले.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: