web analytics

बम ब्लास्ट के आरोपियन पर से मुकदमा वापिस ना हो पाई

उत्तर प्रदेश के अखिलेश सरकार सपा के चुनावी वादा पूरा करे खातिर मुस्लिम आरोपियन पर से मुकदमा उठावल चाहत बिया. एही खातिर गोरखपुर सीरियल बम ब्लास्ट के दोषियन पर से मुकदमा उठावे के निहोरा कोर्ट से कइले रहुवे. बाराबंकी के अदालत सरकार के एह गोहार के नकार दिहलसि आ मुकदमा हटावे के अनुमति ना दिहलसि. जान जाईं कि तारिक कासमी आ खालिद मुजाहिद पर मई २००७ में गोरखपुर में सीरियल ब्लास्ट करे के आरोप बा. एह हमला में छह जने घवाहिल भइल रहलें. कोर्ट सइहो कहलसि कि सरकार बता ना पवलसि कि कइसे केस उठवला से साम्प्रदायिक सौहार्द पैदा होखी आ कवना तरह ई जनहित में होखी.

 360 total views,  5 views today

%d bloggers like this: