web analytics

संजय दत्त के अर्जी सुप्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि

गैरकानूनी हथियार राखे के दोषी संजय दत्त सु्प्रीम कोर्ट में अर्जी लगवले रहलें कि उनुका मामिला पर फेर से विचार कइल जाव आ उनुका के दिहल सजा माफ कर दिहल जाव. संजय दत्त के १६ मई से पहिले सरेंडर करे के बा आ अपना सजा के बाकी साढ़े तीन साल जेल में बितावहीं के पड़ी. संजय दत्त हर तरह के कानूनी रास्ता अख्तियार कइला का साथही राजनीतिक दबावो बनावे बनवावे के कोशिश कइलन बाकिर कवनो उपाय कामे ना आइल.

देखल जाव कि संजय दत्त सरेंडर करत बाड़न कि फेरु कवनो कानूनी पेंच खोज निकालत बाड़न.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: