नियोजन मेला अब 12 जून से
May 11, 2013
बिहार सरकार के श्रम संसाधन विभाग 10 मई से होखे वाला नियोजन मेला के कार्यक्रम में बदलाव कइले बा आ अब ई मेला 12 जून से शुरू होखी. एकरा पीछे महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव का चलते लागू आचार संहिता बतावल जात बा. नियोजन मेला के शुरुआत छपरा से होखी. पूरा राज्य में २९ जून ले एह मेला के कार्यक्रम पूरा होखी. फेर 16 अगस्त से जिलास्तरीय नियोजन मेला के कार्यक्रम शुरू होखी. सितंबर में राज्य के आठो विश्वविद्यालयन में नियोजन सह मार्गदर्शन मेला आयोजित कइल जाई. जिलास्तरीय नियोजन के दुसरका चरण नवम्बर से शुरू होखी.