महाराजगंज संसदीय सीट के उपचुनाव में पीके शाही के परचा आज
May 13, 2013
राजद सांसद उमाशंकर सिंह का निधन से खाली महाराजगंज संसदीय सीट पर होखे वाला चुनाव खातिर जदयू का ओर से बिहार के मौजूदा शिक्षा मंत्री पी के शाही आजु सोमार का दिने आपन परचा दाखिल करीहें. राजद का ओर से प्रभुनाथ सिंह के उम्मीदवार बनावल गइल बा आ ऊ मंगल का दिने आपन परचा दाखिल करीहें.
जान जाईं कि जे ई चुनाव जीती ओकरा हद से हद एक साल ले सांसद रहे के मौका मिल पाई काहे कि साल २०१४ में लोकसभा के चुनाव होखल तय बा आ जवन अनेसा के बदरी छपले बा देश के ओकरा के देखत कहल जा सकेला कि चुनाव के एलान पहिलहु हो सकेला.