बलिया में शतरंज चैम्पियनशिप
May 16, 2013
उत्तर प्रदेश राज्य शतरंज चैम्पियनशिप के उद्घाटन बुध का दिने बलिया का वीर लोरिक स्टेडियम में कइल गइल. एह प्रतियोगिता में राज्य भर से आइल ११६ गो प्रतिभागी शामिल होखीहें. जिला शतरंज संघ के अध्यक्ष विनोद कुमार सिंह आइल प्रतिभागियन आ निर्णायक मंडल के स्वागत कइलन.