आजु बियफे का दिने सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि सोशल साइट पर केहू का खिलाफ कुछ लिखे भा टिप्पणी करे का आरोप में गिरफ्तारी से पहिले राज्य के पुलिस महानिरीक्षक स्तर के कवनो अधिकारी से अनुमति लिहल जरूर होखी. एने हाल में कई बेर देखल गइल बा कि कवनो टिप्पणी से नाराज कुछ सत्ताधारी टिप्पणी करे वाला के गिरफ्तार करवा देत बाड़ें. सुप्रीम कोर्ट के आदेश श्रेया सिंह के याचिका के सुनवाई का बाद आइल बा. एगो सामाजिक कार्यकर्ता जया विंध्यालय के आंध्रप्रदेश के एगो विधायक अमांची कृष्णामोहन आ तमिलनाडू के राज्यपाल के॰ रोसैया का खिलाफ अपमानजनक टिप्पणी के आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे.