तेरह से कम उमर वाला वर्ग में शतरंज चैम्पियन बलिया के
May 17, 2013
बलिया के वीर लोरिक स्टेडियम में चलत राज्य स्तरीय शतरंज प्रतियोगिता के तेरह साल से कम उमिर वाला खंड में बलिया के रिया मिश्र लड़िकियन का खेल में आ सुमित मिश्रा लड़िकन के खेल में चैंपियन बन गइलें. दुनु बलिया के सेंट जेवियर्स स्कूल के विद्यार्थी हउवें.
आजु उनइस साल से कम उमिर वाला खंड के प्रतियोगिता होखत बा.