web analytics

साली के छेंका करा के लवटत सेना के जवान के हत्या

बक्सर जिला के सिमरी थाना के बलिहार गाँव के ट्यूबवेल का लगे खैरापट्टी गाँव के उपेन्द्र पाण्डेय के बुध का सँझिया गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. उपेन्द्र सेना के जवान रहल आ छूट्टी पर आइल रहुवे. खरहाटाँड़ गाँव में अपना साली के छेंका करा के लवटत घरी उपेन्द्र के हत्या भइल. हत्यारा पहिले से घात लगा के बइठल रहलें आ हत्या कर के ओकर मोटरसाइकिलो ले के भाग गइलें.

अंदाजा लगावल जात बा कि बक्सर के जमीन घेरवावे का झगड़ा का चलते ई हत्या भइल बा बाकिर सही बात पुलिस विवेचना का बादे पता चल पाई.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: