गोपालगंज का सिधवलिया इलाका में लोहिजरा गाँव के एगो औरत अपना दुवार पर बइठल रहे जब बियफे का सँझिया आइल आंधी से जामून के पेड़ गिर पड़ल आ ओकरा नीचे दबा के ओकर मौत हो गइल.
एगो दोसरा घटना में बरौली इलाका में बेलसंड गाँव का लगे एगो टेम्पो पलट गइल जवना से एगो औरत के मौत ठाँवे पर हो गइल आ नौ गो घवाहिल सवारियन के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
351 total views, 2 views today