हंडिया में चौदह जने मैदान में
May 19, 2013
इलाहाबाद जिला के हंडिया विधानसभा सीट पर सपा विधायक महेश नारायण सिंह के निधन का चलते होखे वाला उपचुनाव में चौदह जने चुनाव मैदान में बाड़े. पन्द्रह लोग परचा दाखिल कइले रहुवे जवना में से एक जने परचा वापिस ले लिहलन. अब चौदह लोग मैदान में रह गइल बा.