आरा मोहनिया सड़क पर नारायण पुर गाँव का नियरा एगो ट्रक एगो जीप से टकरा गइल जवना चलते तीन आदमी के जान चल गइल आ दर्जन भर लोग घवाहिल हो गइल. जीप पर एगो बैंड पार्टी सवार रहुवे जवन एगो शादी में बैंड बजा के लवटत रहुवे. पुलिस ओह ट्रक के जब्त कर लिहले बिया बाकिर ड्राइवर फरार हो गइल. मर वालन में पीरो के मो॰ असलम आ शिव मुन्नी मुसहर, अउर तेलाढ़ के सिद्धु राम रहले.
187 total views, 5 views today