web analytics

पाँच लाख के संपति चोरी

गोपालगंज नगर पर्षद के टैक्स कर्मी मुन्ना सिहं का घर में चोरी कर के चोर पाँच लाख रुपिया से अधिका के संपति उड़ा ले गइले. ताराबाबा मुहल्ला में रहेवाला मुन्ना सिंह परिवार समेत एगो शादी में ओलीपुर गइल रहले. एह बीच घर खाली पा के चोर एक एक कोठरी के ताला काट के पूरा घर साफ कर दिहलें. चोरी के पता सोमार के सबेरे लागल जब मुन्ना सिहं के परिवार शादी से लवटल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: