हर तरफ से निराश गुरूजी अब आपन गोल सम्हारे में लगलन
May 21, 2013
झारखण्ड मुक्ति मोर्चा के गुरुजी शिबू सोरेन के उमेद रहल कि कांग्रेस कुछ ना कुछ सहारा जरूर दी बाकिर कुछ हाथे लागत लउकत नइखे. भाजपा का साथे गठबन्हन शिबू सोरेन के बेटा हेमंत सोरेन एह उमेद में तूड़ले रहलन कि कांग्रेस से मिल के मुख्यमंत्री बन जइहन. अब झारखण्ड मुक्ति मोर्चा गोल के लोग नाराज बा कि हेमन्त का लालसा का चलते गोल के नुकसान हो गइल.
आजु एही नाराज गोलवहियन के सम्हारे ला शिबू सोरेन बोकारो के सेक्टर वन में दू दिन के बईठक बोलवले बालन जवना में गोल के अगिला कदम का बारे में फैसला लिहल जाई.