web analytics

आमी घाट पर दू गो लड़िका डूबलें

बुध का दिने दिघवारा का लगे आमी के मशहूर अंबिका मंदिर पर पूजा करे आइल वैशाली जिला के फतेहपुर निवासी सुरेश सिंह के लड़िका आनंद कुमार गंगा नदी में नहाए उतर गइल आ पँवड़ के नदी पार करे लागल. ओकरा साथे ओकर साथी बिदुपुर के अविनाश आ गौतमो रहलें. गौतम घाट पर बइठल एह लोग के कपड़ा देखत रहुवे आ आनंद आ अविनाश पँवड़े में लागल रहुवे. एक तरफ से सही सलामत जा के लवटत घरी दुनु जने के साँस उखड़े लागल. हल्ला कइला पर कुछ लोग नाव लेके नदी बीच चहुँपल बाकिर तबले आनंद डूब चुकल रहुवे आ अविनाशो ढेर पानी पी लिहले रहलन. आनंद के लाश निकलल आ अविनाश के इलाज चलत रहुवे.

 379 total views,  2 views today

%d bloggers like this: