web analytics

आरा में एगो पुजारी के गोली मार के हत्या

आरा के अगिआँव बाजार इलाका के पोटरो गाँव के पुरनका मठिया में सोमार का रात चोर घुस के राम जानकी आ लक्ष्मण के बेशकीमती मूर्ति उखाड़ ले गइले. सबेरे पुजारी के लाश छत पर मिलल. अंदाजा लगावल जात बा कि चोरन के देख पुजारी हल्ला करे के कोशिश कइलन त चोर उनकर जम के पिटाई कइलन आ जान बचावे खातिर पुजारी छत पर भगले त पीछे पीछे चोरो छत पर आ के उनका माथ में गोली मार दिहलें.
पुलिस मामिला के तफतीश में लागल बिया बाकिर चोरी के कवनो सुराग नइखे मिलत.

 317 total views,  2 views today

%d bloggers like this: