यूपीए से नाराज चलत समाजवादी पार्टी के सुप्रीमो मुलायम सिंह यादव चार साल पूरा होखे का जश्न मनावे ना चहुँपले. चहुँपे के त मायावतिओ ना चहुँपली बाकिर उनुका पार्टी के सतीश चंद्र मिश्रा आ ब्रजेश पाठक डिनर में मौजूद रहलें. सपा का ओर से केहु नजर ना आइल. एह हालात के फायदा बसपा के मिलल जवना के प्रतिनिधि ओही टेबुल पर बइठलें जवना पर सोनिया गांधी, राहुल गांधी, शरद पवार, लालू प्रसाद, रामविलास पासवान, आ अमर सिहं बइठल रहलें.
एह मौका पर लालू प्रसाद कहलें कि कांग्रेस उनकर समर्थन करे भा ना, ऊ ओकर समर्थन करत रहीहें.
320 total views, 5 views today