web analytics

किसान नेता के गोली मार के हत्या

सोनबरसा चौकी के कड़सर गाँव के किसान नेता राम बालक सिंह के बुध का रात कुछ अज्ञात लोग गोली मार के हत्या कर दिहल जब ऊ अपना खटाल का छत पर सूतल रहुवन. उनकर बनिहार राजेन्द्र कमकरो उनका साथही सूतल रहल बाकिर ओकरा पता ना चलल कि गोली कब चलल आ के चलावल. पुलिस ओकरा बयान पर संदेह जतावत बिया आ मामिला के जाँच होखत बा.

 221 total views,  4 views today

%d bloggers like this: