आल्हा में के एगो लाइन ह कि बबुआ बबुआ तू मत कहीहऽ, बबुआ लगीहें बाप तोहार. बतीसो दाँत तूड़ब मुँहन के, मुँह में ठेसि देब तलवार. कुछ एही अंदाज में कांग्रेस के युवराज उपाध्यक्ष राहुल अपना पार्टी वालन के हड़कवले बाड़न कि माई भले सिधवा हियऽ हम ना हईं, आ हम मोलायमियत ना जानीं. से सभे जने लाइन पर आ जा लोग आ लाग जा लोग पार्टी के काम करे में.
358 total views, 6 views today