web analytics

वधु स्वागत का मौका पर गाछ लगावे के परंपरा के शुरूआत

सासाराम के जगदीश नारायण सिंह के बेटा राजीव रंजन आ पतोहु अंकिता अपना शादी का दिने गाछ लगा के पर्यावरण सुरक्षा के संदेश दिहले रहुवे लोग. वधु स्वागतो का दिने सगरी अतिथियन का बीच दुनु जने फेर एगो पेड़ लगावल. एह तरह के बढ़िया काम से समाज के एगो सनेसा दिहल गइल बा कि मानव जीवन आ पृथ्वी बचावे ला पर्यावरण बचावल बहुते जरूरी बा आ पौधारोपण से बढ़िया काम एह बदे दोसर ना हो सके.

अउरियो लोग के एह तरह के बढ़िया उदाहरण पेश करे सामने आवे के चाहीं.

 354 total views,  2 views today

%d bloggers like this: