web analytics

सीबीएसई के दू सौ टॉपरन के मिली एक एक लाख

केन्द् सरकार के मानव संसाधन मंत्रालय सीबीएसई बारहवीं के परीक्षा के दू सौ टॉपर विद्यार्थियन के एक एक लाख रुपिया के नगद पुरस्कार देबे के घोषणा कइले बावे. मंत्रालय के अवार्ड में पचास पचास गो साइंस, आ‌र्ट्स, कॉमर्स, आ वोकेशनल स्ट्रीम के टॉपरन के दिहल जाई.से चुने जाएंगे।

एह परीक्षा के पास प्रतिशत करीब 82.10 फीसदी रहल जवन पिछला पाँच साल में सबले बढ़िया रहल. लड़िकी एक बेर फेर बाजी मरले बाड़ी सँ. आ जगह का हिसाब से चेन्नई सबले बढ़िया परिणाम दिहले बा.

एह इम्तिहान में बिहार-झारखड के 77,039 परीक्षार्थी शामिल भइलें जवना में से 48,044 परीक्षार्थी पास हो गइलें.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: