अखिलेश यादव के जब सिपाहिए रोक लिहलें
May 29, 2013
वाराणसी पुलिस लाइंस ग्राउंड में लैपटाप बाँट के लवटत मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कार पुलिस कल्याण समिति के प्रदेश संरक्षक बृजेन्द्र यादव पुलिस लाइन गेट पर रोक लिहले आ करीब पन्द्रह मिनट ले कार के बोनट पीटत गाड़ी के रोक रखलें. उनुका संगे पन्द्रहे गो सिपाही रहलें बाकिर मुख्यमंत्री के सुरक्षा में लागल पुलिस जवान ओह लोग के हटा ना पवलें जबले ऊ लोग अपने ना हट गइल. विरोध के कारण रहुवे कि प्रदेश सरकार अबहीं ले सपा के चुनावी वादा वाला 21 सूत्री पुलिस कल्याण लागू नइखन कइले.