चकिया में खड़ा ट्रक से मैजिक गाड़ी लड़ल, छह जने के मौत
May 29, 2013
पूर्वी चंपारण के चकिया इलाका में एगो पेट्रोल पंप पर खड़ा ट्रक से मुजफ्फरपुर से आवत एगो मैजिक सवारी गाड़ी टकरा गइल जवना चलते छह जने के मौत हो गइल आ दर्जनो लोग घवाहिल हो के मुजफ्फरपुर के एसके मेडिकल कालेज अस्पताल में भरती करवावल गइल बाड़ें. पाँच जने के हालत गंभीर बा.