सरकार के हद में रहे के माँग कइले भाजपाई
May 29, 2013
भाजपा के लोग आजु लखनऊ में राज्यपाल के ज्ञापन सँउपले जवना में माँग कइल गइल बा कि सपा सरकार के सीमा में रहे के कहल जाव. आ फैजाबाद बम विस्फोट के आरोपी खालिद मुजाहिद के परिवार के छह लाख के मुआविजा देबे आ आल इंडिया इत्तेहाद-ए-मिल्लत काउंसिल के राष्ट्रीय अध्यक्ष मौलाना तौकीर रजा खां के राज्यमंत्री के दर्जा देबे से रोकल जाव. ओह लोग के कहना बा कि हर बात के एगो सीमा होला आ तुष्टकरणो के सीमा होखे के चाहीं.