Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

अखिलेश के नयका मंत्री का बारे में कुछ रउरो जान लीं


यूपी के सपा सरकार पिछला दिने एगो मुल्ला मोहम्मद तौकीर रजा खान के राज्यमंत्री पद दे दिहलसि. तौकीर रजा खान के हैंडलूम विभाग में सरकार के सलाहकार बनावल गइल बा. बहुत संभावना बा कि रउरा एह आदमी का बारे में अधिका ना जानत होखब से इनका बारे में कुछ जानकारी एहिजा दिहल जनहित में लागत बा ठीक वइसहीं जइसे सपा सरकार आतंक के आरोपी मुसलमानन पर से मुकदमा हटावे के अभियान चलवले बिया जनहित का नाम पर.

त मो॰ तौकीर रजा खान के नाम तब बहुत चरचा में आइल जब ऊ १५ मार्च २००७ के पाँच लाख रुपिया के ईनाम घोषित कइलन जे ओकरा के दिहल जाई जे बंगलादेशी लेखिका तस्लीमा नसरीन के मूड़ी काट ले आई. ओह दिन तौकीर रजा आल इण्डिया मुस्लिम पर्सनल बोर्ड जदीद के अध्यक्ष रहलन. एहू से पहिले फरवरी २००६ में तौकीर रजा मार्च २००६ में भारत के राजकीय मेहमान बन के आवे जात अमेरिका के राष्ट्रपति जार्ज डब्ल्यू बुश के मूड़ी काटे वाला के पचीस करोड़ रुपिया के इनाम घोषित कइले रहलें. कांग्रेस मुख्यालय में २६ मार्च २००९ के एह बात के सकरे रहलन.

मार्च २०१० में बरेली में भइल साम्प्रदायिक दंगा का बाद तब मुख्यमंत्री रहल मायावती का राज में तौकीर रजा के गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे काहे कि आरोप रहल कि इनके भाषण का बाद बरेली में दंगा पसरल रहुवे. बाकिर बाद में मुस्लिम समुदाय के दबाव में बसपा सरकार इनका के रिहा करे पर मजबूर हो गइल.

अब सेकुलरिज्म के एही शानदार नमूना के अखिलेश अपना सरकार में रा्ज्यमंत्री पद के ओहदा दे के सम्मानित कइले बाड़न. आशा बा कि सगरी सेकुलर समाज के सीना गर्व से फूल गइल होखी.

Tags: ,

%d bloggers like this: