दू गाड़ी का टक्कर का बीच आरा का करवा गाँव के रिंकू के मौत
May 31, 2013
करवा गाँव के अभय कुमार अपना पत्नी संगे जात रहलें जब आरा सहार मेनरोड़ पर खजुहाता का लगे एगो मैजिक आ आटो के टक्कर हो गइल. एही टक्कर में मोटरसाइकिलो आ गइल आ रिंकू देवी के मौत ओहिजे हो गइल. मैजिक आ आटो पर सवार दर्जनो लोग घवाहिल हो गइल. एह घवाहिलन में बहुते गंभीर कुछ लोग के पटना रेफर कर दिहल गइल बा.