लवटत बारात के बोलेरो पलटला से सात जने के मौत अनेके घवाहिल
May 31, 2013
सिवान जिला के इसुआपुर इलाका के मोरवा गाँव से राजेन्द्र रावत के बेटा अमलेश के बारात सहसराँव गइल रहुवे. बिआह भइला का बाद लवटती बनियापुर के मानोपाली स्कूल का लगे बोलेरो पलटी मार दिहलसि आ सड़का का दोसरा तरफ बारह फुट गहीर गड़हा में गिर गइल. एह हादसा में सात जने के मौत ठाँवे पर हो गइल जबकि आधा दर्जन घवाहिलन के सिवान अस्पताल भेजल गइल.